Advertisement

Bhojpuri: बिहार एनडीए में मचल बा बवाल, मार रहल बा नेता लोग लेवाड़

Edited by:
Last Updated:

चुनाव बा यूपी में आs घमासान मचल बा बिहार एनडीए में. बिहार आज कोरोना से त्रस्त बा , बिहारी मजदूर देशभर से घरे लवट रहल बाड़ें, हर काम ठप्प बा, आ एने बिहार में बवाल मचल बा. हं जी ,अइसने सीन हर रोज देखे-पढ़े आs सुने...और पढ़ें

Bhojpuri: बिहार एनडीए में मचल बा बवाल, मार रहल बा नेता लोग लेवाड़
.

लेवाड़, भइंस सब जब पांकी में लोटत रहेली स, त ओकर छींटा त आऊर लोगन प पड़बे करी. यूपी में चुनाव के घोषणा के बाद जदयू भी कहत बा कि हमहूँ यूपी के चुनाव लड़ब ,ऊहो अकेले . अब ई बात भाजपा के सीनियर नेता लोगन के ना पचल ,शुरू हो गइल लोग एक-दूसरा प बोली बम मारे के…कम्पीटिशन में जेडीयू के साथे साथे ‘हम’ भी कूदिये नु गईल.

यूपी में एनडीए गठबन्धन में जदयू के शामिल नईखे कईल जा रहल . मुख्यमंत्री योगी नईखन चाहत कि एनडीए गठबंधन के हिस्सा जदयू होखे. आs योगी जी खिलाफ जाए के त कवनो जाना के करेजा में दम त बा ना ..! अब का होखो, तब जदयू नेता केसी त्यागी कहलन कि जदयू ,यूपी में आपन बल प चुनाव लड़ी . अब ,बस शुरू हो गइल बतकही ,जेतना मुंह,ओतने बात .अब एहि बतकही में सम्राट अशोक के भी नाम आ गईल.रोटी सेंकाये शुरू हो गईल ..हाथ कांगन के आरसी का ..!

जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह कइसे पीछे रहतन ,पछुआ कसके ऊहो आ गईलन मैंदान में ,क देलन ऐलान – ” भाजपा,आपन नेता दया प्रकाश सिन्हा के पार्टी से बाहर करे , एह से कि ई सम्राट अशोक प बिबादित बात लिखले बाड़न,जेकरा सरकार पुरस्कार देलस.लेखक से पुरस्कार छीन लेवे के चाहीं.” अब ई बात के समर्थन में जदयू नेता उपेन्द्र कुशवाहा पाछे कइसे हटतन,कहलन कि ‘आई वाश ‘ कइला से काम ना चली.

बिहार के एनडीए के घटक दल के सदस्य ‘हम’ के धाकड़ नेता पूर्व मुख्यमंत्री जीतनराम मांझी ई कइसे पिछुआ जइतन ,कहलन- ” सम्राट अशोक के बेइज्तिआंव भईल बा , इहाँ के पिछड़ा जाति से रहीं. चुनाव के समय सब नेता लोगन दलित घरे भोजनियावे चलत -फिरत रहेला ,ई सब कब तक चली…! ” बिहार में सम्राट अशोक प त बिबाद खाड़े बा कि ऊहां के अगड़ा जाति से रहीं ,ना ना पिछड़ा जाति से रहीं.ई बिबाद में भाजपा आ जदयू दुनों देने से ढेरन नेता आपन बात कहके बिबाद में पड़ल चाहत बा कि मीडिया में त चर्चा में रहब.हुंआ हुंआ क के आपन छवि सुधारे में मय नेता लोगन लागल बा.

दरअसल , एनडीए में बिबाद के जड़ में शराबबन्दी भी एगो बड़ कारण बा. शराबबंदी के लेके भाजपा के नेता सन्तुष्ट नईखन. उनकर कहनाम बा कि शराबबंदी बा कहाँ, हर जगह भेंटा जात बा ,इहाँ तक कि होम डिलेभरी भी हो रहल बा .अब शराबबंदी के लेके भाजपा अध्यक्ष संजय जायसवाल त जदयू नेता लोगन से कहलन कि मीडिया के दुनिया से निकल के जमीन प आवे के काम बा ,तब लउकी कि कतना शराबबंदी बा बिहार में. अब नीतीश सरकार के मंत्री आs भाजपा नेता नितीन नवीन के भी कहनाम बा कि जदयू नेता लोगन के मर्यादा में रहे के चाहीं. जदयू प्रवक्ता अभिषेक झा भी जमके भाजपाई लोगन के जबाब देवे में पाछे ना रहलन. ई सब बतकही एनडीए में हो रहल बा ,मीडिया में आपन भाव बढ़ावे ख़ातिर एक दूसरे प जमके बतकही जारी बा. लेकिन नीतीश बाबू चुपचाप लीला देखत बाड़ें. अईसन नईखे कि एनडीए के भीतर काs चल रहल बा,नीतीश जी के जानकारी नईखे. लालू यादव कहत रहलन कि नीतीश के पेट में दांत बा. एहिजो कुछ अइसने लउकत बा, नीतीशजी के चुपी बहुत कुछ कह रहल बा. आs इहो सच्चाई बा कि यूपी में जदयू के का स्थिति बा, कतना जनता प पकड़ बा, कतना सीट प जीत होई ,सब लोग जानत समझत बा. हिरिस कइला से कुछो ना होई. भाजपा नेता संतोष पाठक कहत बाड़ें कि कुछ साल पहिलहीं जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह कहत रहलन कि हमनी के हालत अईसन नईखे कि एको सीट भी जीत सकी जा .तब फेर एने कुछ बरिस में जदयू कवन तीर मार लेलस कि ऊ अकेले ही चुनाव लड़ी.

खरवांस उतर गईल बा, कोरोना बिहार में तबाही मचवले बा . मुख्यमंत्री नीतीश से लेके, दुनों भाजपा के उप मुख्यमंत्री होखस ,चाहे ‘हम’ नेता जीतनराम मांझी होखस ,सब लोग कोविड के मारल बा. लगन भी आ गईल बा ,कोरोना के लेके हर तरफ लापरवाही बा. एनडीए के सरकार बिहार बिया ,ई लोगन के चाहीं कि जनहित में बतकही होखित ,कुछ काम होखित त राज्य के हाल तनि सुधरित.फ़िलहाल कोरोना के नियम के बढ़िया से लागू करे के चाहीं आs जवन कमी-बेसी बा ओकरा प काम करे के चाहीं.

homebhojpuri-news
Bhojpuri: बिहार एनडीए में मचल बा बवाल, मार रहल बा नेता लोग लेवाड़
और पढ़ें