Advertisement

Bhojpuri: आजो याद कइल जाला लालू क कुर्ता फाड़ होली, खूब होत रहे हुड़दंग

Last Updated:

लालू जी रंग मस्ती में डूबल सब कर कपड़ा फड़वाएं लगलें. मुख्यमंत्री आवास पर जुटल सब लोग हंसी ठठा के साथे एक दोसरा क कपड़ा फाड़े अउर फड़वाएं. अंत में लालू प्रसाद क भी कपड़ा फड़ा जाए.

Bhojpuri: आजो याद कइल जाला लालू क कुर्ता फाड़ होली, खूब होत रहे हुड़दंग

होली क परब अवते याद आवे ला बिहार क पूर्व मुख्यमंत्री लालू परसाद यादव क हुड़दंगी होली. राजद सुप्रीमो लालू परसाद चारा घोटाला में लगभग तीन साल से जेल में बंद हउअन, से उनकर घरे होवे वाला हुड़दंगी होली भी तबे से नाही होत ह. पिछला साल जरूर उनकर सपूत तेजप्रताप यादव अपना घरे होली मनवले लेकिन एमे लालू वाला हुड़दंगी होली क रंग गायब रहे. लालू क होली क मजा ले चुकल नेता विधायक लोग आजो ओके भुलाये ना भुला पावे लं. बिहार क भोजपुरिया समाज में होली मनावे क गजबे उत्साह रहे ला. सवेरे से ही गोबर कादी माटी से होली खेलल शुरू कर देलें भोजपुरिया भाई लोग. फिर दोपहरिया तक रंग पानी के साथे जोगिरा गावत होली मनावल जाला. दोपहरिया बाद अबीर गुलाल के साथे शुरू होला गीत गवनई. सांझ होत होत थाकी के चूर हो जाला सब.

1990 में जब पहिला बार मुख्यमंत्री बनले लालू परसाद त हर साल होली के दिने उनकर सरकारी घरों में भोजपुरिया माटी क महक गमके लागल जइसन भोजपुरिया समाज के हर घर में होली के दिने गमके ला. हर होली पर उनकर सरकारी घरे पर नेता, कार्यकर्ता, मंत्री, विधायकन क जुटान होवे. ढोल मंजीरा के साथे जोगिरा गावल जाए. लालू परसाद सबिका ले आगे गर्दन में ढोल टंगले जोगिरा गावे अउर सबसे गवाएं. कहल जाला कि होली एगो अइसन परब ह जेमें छोट बड़ सब लोग दोस्ती दुश्मनी छोड़ि के एके रंग में रंग जाला. मुख्यमंत्री रहते भी लालू परसाद क होली में भी इहे भाव देखाई पड़त रहे. लालू क अगुवाई में समूचा लोग फगुआ अउर जोगिरा सारा.. रा.. रा ..रा गावत मस्ती में डूबल रहत रहे. दोपहरिया तक रंग पानी में भीज के ढोल मंजिरा के थाप पर हुड़दंगई चले त दोपहरिया बाद अबीर गुलाल के साथे गीत गवनई चले.

तब लालू अपने त जोगिरा सारा रा रा रा गावें ही आपन सहयोगी नेता रामकृपाल यादव से लेकर जयप्रकाश यादव तक सबहि से फगुआ गवाएं. कहे क माने इ कि लालू क होली में छोट बड़ सबहि नेता कार्यकर्ता रंग अउर मस्ती में डूबल रहत रहे. लालू क एगो अउर करीबी सहयोगी रहें कबाब मंत्री अनवर अली. होली के दिने कबाब मंत्री क मौज मस्ती देखते बने. मुख्यमंत्री के आगा जोगिरा गावत गावत अनवर अली अपना के लालू जी क बजरंग बली बतावे लगे. जोगिरा गावत उ कहें.. जइसे राम भकत हनुमान वइसे लालू भकत अनवर अली…. अनवर अली अपना के लालू भकत काहे ना कहें. लालू भकती के चलिता ही उ कबाब मंत्री कहाए लगलें. पहिले लालू प्रसाद मछरी कलिया शिकार क शौकीन रहलें. अनवर अली उनकरा खातिर अपने हाथ से कलिया मछरी कबाब बनावें अउर खूब शौक से खाएं. एकरा बादे से अनवर अली क नाम कबाब मंत्री पड़ गइल. कबाब मंत्री क सेवा से खुश होके लालू प्रसाद उनके एमएलसी भी बनवा देलें. जेकरा चलिते होली के दिने कबाब मंत्री क भकती अउर जोर मारे लगल.

मुख्यमंत्री रहते लालू क होली पर हुड़दंगई त चरचा में रहबे कइल, चारा घोटाला के चलिते 1997 में मुख्यमंत्री पद छोड़िला के बाद त इ अउर बढ़ चढ़ि के होबे लागल. राबड़ी देबी के मुख्यमंत्री बनउला के बाद लालू क होली क मस्ती में अउर रंग जमे लागल. अब मुख्यमंत्री आवास राबड़ी देबी के नाम हो गइल रहे लेकिन होली पर हुड़दंगई पहिले से अउर बढ़ गइल. अब ढोल मंजिरा के साथे जोगिरा गावत गावत दोपहरिया तक कपड़ा फाड़ होली होबे लागल. लालू जी रंग मस्ती में डूबल सब कर कपड़ा फड़वाएं लगलें. मुख्यमंत्री आवास पर जुटल सब लोग हंसी ठठा के साथे एक दोसरा क कपड़ा फाड़े अउर फड़वाएं. अंत में लालू प्रसाद क भी कपड़ा फड़ा जाए. हुड़दंगई जब शुरू होखे त लालू कहें… हमार कपड़ा केहू ना फाड़ी लेकिन होली क मस्ती चरम पर पहुंचला के साथे उनहू क कपड़ा फडा जाए. एक बार क किस्सा ह कि बिहार के एगो बुजुर्ग मंत्री क त उपर से लेइके नीचे तक समूचा कपड़ा फाड़ देहल गइल.

लालू क कपड़ा फाड़ होली त दू तीन बरिस तक चलल फेरो आस्ते आस्ते फीका पड़े लागल. एकरा बाद के होली में भी कपड़ा फड़ाए लेकिन पहिलवा जइसन हुड़दंगई नाही होखे जब सबकर कपड़ा फाड़ देहल जाओ. लालू क होली में एगो खास बात इहो रहे कि पत्रकार लोग भी ओमें खूबे मजा लेबे. पत्रकार लोग लालू से जोगिरा फगुआ भी गवाएं अउर लालू हंसी ठिठोली करते मस्ती में गावें. मुख्यमंत्री रहते लालू परसाद अपना सरकारी घर में राबड़ी देबी के छठ पूजा करे खातिर एगो पानी क बड़ हौदा बनउले रहलें. होली के दिने उ हौदा में रंग घोरा जाए अउर ओमे सबके डूबावल जाओ. अब त न मुख्यमंत्री आवास रहल न लालू परसाद क उ मौज मस्ती. चारा घोटाला में जेल जइला के बाद त लालू क हुड़दंग होली अब बीतल दिन क बात ही रह गइल ह. लेकिन होली क परब अवते लालू क होली उहो ढोल मंजिरा के साथे जोगिरा गावत अउर कपड़ा फाड़त फड़ावत मौज मस्ती के साथे होली मनावत लालू परसाद सबके याद आ जालं. (सुशील कुमार सिंह वरिष्ठ पत्रकार हैं.)

homebhojpuri-news
Bhojpuri: आजो याद कइल जाला लालू क कुर्ता फाड़ होली, खूब होत रहे हुड़दंग
और पढ़ें